ई-कॉमर्स
Appearance
ई-कॉमर्स (अंग्रेजी: E-commerce) भा इलेक्ट्रॉनिक कॉमर्स (अंग्रेजी: electronic commerce) से मतलब ऑनलाइन प्लेटफॉर्म चाहे इंटरनेट के जरिए प्रोडक्ट आ सर्विस के इलेक्ट्रॉनिक तरीका से खरीद-बिक्री समेत सगरी एह से जुड़ल कमर्शियल गतिविधियन से बा। ई-कॉमर्स में मोबाइल कॉमर्स, इलेक्ट्रॉनिक फंड ट्रांसफर, सप्लाई चेन मैनेजमेंट, इंटरनेट मार्केटिंग, ऑनलाइन ट्रांजैक्शन प्रोसेसिंग, इलेक्ट्रॉनिक डेटा इंटरचेंज (EDI), इन्वेंटरी मैनेजमेंट सिस्टम आ ऑटोमेटेड डेटा कलेक्शन सिस्टम जइसन टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल होला। ई-कॉमर्स रिटेल के एगो हिस्सा ह। ई इलेक्ट्रॉनिक्स इंडस्ट्री के सबसे बड़ सेगमेंट ह आ एकर बढ़ोतरी सेमीकंडक्टर इंडस्ट्री में हो रहल टेक्नोलॉजिकल प्रगति से होला।
| ई अर्थशास्त्र से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |